भोजपुरी कजरी गीत

#कजरी_मेला

#कजरी_गीत

कबले अइहें पियवा हमार...... ऐ हरि
देखअ तानी रहिया कबसे खड़ी खड़ी  -२

दिन बीतल तोहका देखे मुँह मुर्झाइल बा
सजल कबसे छूटल  केश ओझराइल बा
रोइ रतिया बीते सेजिया पर पड़ी पड़ी
कबले अइहें पियवा हमार .......ऐ हरि -२

सावन के   ई बुनिया बड़   बौराइल बा
कासे कहि हम दुखवा पिय न आइल बा
पतराईल देहिया मनवा कुहके बड़ी बड़ी
कबले अइहें पियवा हमार .......ऐ हरि -२

तीज तेव्हरिया नीक न लागे आवा ऐ बलम
सुन भइल अंगनिया तू घरे आवा ऐ बलम
जड़े ई मनवा अईसे ना सतावा ऐ बलम
बरसे ला अखियाँ   देहरी के  धरी धरी
कबले अइहें पियवा हमार .......ऐ हरि -२

कबले अइहें पियवा हमार...... ऐ हरि
देखअ तानी रहिया कबसे खड़ी खड़ी- २

#प्रियंका_सिंह
#स्वरचित
दिनांक-16/7/17

Comments

Popular posts from this blog

दोहा(गणेश वंदना)

#मोबाइल

#और_कितनी_शिकायतें_हैं_तुम्हे_मुझसे