कजरी गीत भोजपुरी (सावन)

#भोजपूरी
#कजरी_मेला
#सावन_गीत

सुनी ल तनि पियवा हमार बतिया
देखा..कईसे छेड़े है हमार सखिया -२

काहे नाही तू अइला अबकी सावन में
नइखे गुंजत  तोहर बतिया ई कानन में
तरस गइल बा देखा ई हमार बहिया
देखा..कईसे छेड़े है हमार सखिया -२

पड़ गइल बा झुलुआ देखा बगिया में
अब केकर संगे झूली बोला सथिया में
केऊ जनी ईहा  सुने ना हमार बतिया
देखा..कईसे छेड़े है हमार सखिया -२

केसे कहि  देखे ला  मेहदी  हथवा के
कउन कहि नीक लागे बिंदी मथवा के
सुनी ल तू तनि हमरी गुहार पियवा
देखा..कईसे छेड़े है हमार सखिया -२

झम झम झम बरसावे पनिया बदरा हो
बिना तोहरे देखा पसरे कईसे कजरा हो
काहे ना देखला पियवा हमार  नेहिया
देखा..कईसे छेड़े है हमार सखिया -२

सुनी ल तनि पियवा हमार बतिया
देखा..कईसे छेड़े है हमार सखिया -२

#स्वरचित
#प्रियंका_सिंह

Comments

Popular posts from this blog

दोहा(गणेश वंदना)

#मोबाइल

#और_कितनी_शिकायतें_हैं_तुम्हे_मुझसे